Nojoto: Largest Storytelling Platform

जीयल मरल त लगले रही शास्वत ई सांचों सच्चाई

  जीयल  मरल  त  लगले  रही
शास्वत  ई  सांचों सच्चाई  बा

गुज़रेला एक दिन सभे मरण से
जीयल मरल से ना केहू परे बा

जे आईल बा ओकरा जायेके बा
जीनगी के सांचो इहे कहानी बा

माटी पर के जीनगी चक्रव्यूह हऽ
फसल सभे बा इहवां के माया में 

जे जनलस निष्ठूर ई मोह-माया बा
ऊ ई माया-मोह के तेज लिहलस

जे मन से मंथन कईलस जिनगी के
ऊहे जीगनी के अमृत रस पियलस

#चमन_देहाती✍
#जीवन की सच्चाई

©Puranjay Kumar Gupta