Nojoto: Largest Storytelling Platform

भोजपुरी में परिचय हम हंई खांटी भोजपुरिया, गाँव ह

भोजपुरी में परिचय
हम हंई खांटी भोजपुरिया,
 गाँव ह मुरारपट्टी जिला बलिया। 
 जवार में कौने गाँवे नईखे, 
 मुरारपट्टी ले बढ़िया।।
बोलेनी खारा -खारी,
मन में नईखे करिया ।
थाना हटे दोकटी, 
लालगंज बाजार के पीछवे बा ढलिया।। 
हाईस्कूल बा मुरारपट्टी गईयां ,
जहाँ हम दस ले पढले रहनीहा। 
ओकरे पीछे बा लालगंज बजरिया, 
जहाँ उमा के दोकान के फेमस ह मदन- घचाकिया।।
बारह ले पढनी दूबेछपरा, फेरू अइनी इंदौर में करे कालिजीया।
पढ़ाई-लिखाई भइल,मिलल पुलिस के नोकरिया। 
लागल बानी तहिए से दिन दुपहरिया।। 
नाव हमार मनोज पाठक, 
माई कहेले हमरा के करिया। 
भारद्वाज गोत्र के हंई , इहे परिचय हटे हमार भइया।।
भोजपुरी के तोड़े नइखे,कहीं रह बोल खाली भोजपुरिया। 
****नवीन कुमार पाठक *** #भोजपुरी में परिचय #