Nojoto: Largest Storytelling Platform

अम्मा तनी सोहर गावा हो छठी माँ के भेजा बुलावा हो..

अम्मा तनी सोहर गावा हो
छठी माँ के भेजा बुलावा हो...2
सभे जन गावा छठी माई के भजनियां
कईला-कइला ना माई के पूजनिया
चाची चला कोसी भरावा हो
फुआ चला दउरा सजावा हो
अम्मा तनी सोहर गावा हो.... (कोरस-2)

पूजिला भगउती , मांगिला मनउती 
पूरा करिहें मइया तोहार
धरतानी पइयां, ए हो छठी मइया
निमन रहे घर परिवार
ए हो भउजी तू ठेकुआ बनावा
दीदी चला न चिउरा कुंटावा
भइया तनी Dj बोलावा हो
छठी माँ के गाना लगावा हो
अम्मा तनी सोहर गावा हो.....(कोरस-2)

धइले बा बेमरिया, छुटल बा नोकरिया
रोवता टे बेटवा तोहार
ए हो मयरिया, लेके अवतरिया
कईदा न हमर उद्धार
लईके मुड़वा पे दउरा घाटे आइलीं
सूरुज बाबा के पुजे खातीं आइलीं
पीयुष एगो गाना सुनावा हो
मइया से अर्जी लगावा हो
अम्मा तनी सोहर गावा......(कोरस-2) छठ गीत
अम्मा तनी सोहर गावा हो
छठी माँ के भेजा बुलावा हो...2
सभे जन गावा छठी माई के भजनियां
कईला-कइला ना माई के पूजनिया
चाची चला कोसी भरावा हो
फुआ चला दउरा सजावा हो
अम्मा तनी सोहर गावा हो.... (कोरस-2)

पूजिला भगउती , मांगिला मनउती 
पूरा करिहें मइया तोहार
धरतानी पइयां, ए हो छठी मइया
निमन रहे घर परिवार
ए हो भउजी तू ठेकुआ बनावा
दीदी चला न चिउरा कुंटावा
भइया तनी Dj बोलावा हो
छठी माँ के गाना लगावा हो
अम्मा तनी सोहर गावा हो.....(कोरस-2)

धइले बा बेमरिया, छुटल बा नोकरिया
रोवता टे बेटवा तोहार
ए हो मयरिया, लेके अवतरिया
कईदा न हमर उद्धार
लईके मुड़वा पे दउरा घाटे आइलीं
सूरुज बाबा के पुजे खातीं आइलीं
पीयुष एगो गाना सुनावा हो
मइया से अर्जी लगावा हो
अम्मा तनी सोहर गावा......(कोरस-2) छठ गीत