Nojoto: Largest Storytelling Platform

New कांवर गीत भोजपुरी Quotes, Status, Photo, Video

Find the Latest Status about कांवर गीत भोजपुरी from top creators only on Nojoto App. Also find trending photos & videos about, कांवर गीत भोजपुरी.

Stories related to कांवर गीत भोजपुरी

    LatestPopularVideo

Shatrughan Devpuria

Prashant Mishra

भोजपुरी गीत

read more
मौत से सबही हारल बा, केहू न पउलस जीत //
जे आवेला, उ जाएला....ई बा दुनिया के रीत//

जवन लीखल बा किस्मत में होइबे करी
जे आयल बा धरती पे ...जइबे करी...//

कुरुवंशिन के सम्राज्य मिटिये गइल
अउरी रावणों के खनदान मिटिये गइल
जे जइसन करी करम फल पइबै करी

जिन जिनगी गँवावा बुराई में
समय आपन लगावा भलाई में
मौत आवे के बा एकदिन अइबे करी

केतनों पईसा कमाला, केतनों संपति बनाला
केतनों देहियाँ के गहना गुरिया से सजाला
ई कुल माटी में एक दिन मिल जइबै करी
जे आयल बा धरती पे जइबै करी

--प्रशान्त मिश्रा भोजपुरी गीत

Ajay Kumar Vishwakarma

भोजपुरी गीत

read more

savita singh Meera

भोजपुरी गीत

read more

Shova Pandey

पदीप कुमार

जोगी गीत भोजपुरी

read more

Kumar Manoj Naveen

भोजपुरी होली गीत #संगीत

read more
गोरीया खेलेली फागु, गोरीया खेलेली फागु, बुढवा -जवनकन के संगे। 
बड़ पिचकारी चाहें छोट पिचकारी, 
खेलतारी ओकरे से
जे करे मनवाली, 
मानत नईखी केहुवो
के बात हो, उ त मानत नईखी बात। गोरीया खेलेली फाग...। भोजपुरी होली गीत

Subant Kumar dangi(Poet, Writer)

भोजपुरी गीत (विरह) #संगीत

read more
बरसों से तोहरा के करल इंतजार बा.. करल..इन.. 2
तोहरा से मिले खातिर जिया बेकरार बा.
जब जब देखली हम, रात में सपनमा .. रात में.. 2
तब तब आबेलु तू ही मोर सजनमा..
तोहरा बिना सुना लगे हमर संसार बा...
तोहरा....
जब तूहूँ हमरा से प्रीत लगावलु... प्रीत.. लगा.. 2
प्रीत लगाके तू.उऊ हमके भुलाबलू .
बिन तोहरा के सबकुछ हो गईल बेकार बा..  
तोहरा... भोजपुरी गीत (विरह)

Prashant Mishra

छठ पूजा भोजपुरी गीत

read more
भइया शहरे से आवा,भौजी के भी संगे लावा
आके गऊवां में छठी माँ के पूजन करावा
नाहीं बाटे त, माई से सनतान माँगि ला
छट्ठी मईया से मनचाहा वरदान माँगि ला.../

मम्मी ठेकुआ बनावा,अउरी चिउड़ा भुजावा
फल-फूल खीर ध के, चला कोसिया भरावा
छठी माई बानी ममता के खान माँगि ला
छट्ठी मईया से मनचाहा वरदान माँगि ला.../

ए भइया बहँगी उठावा, दउरा मुड़े पे चढ़ावा
नंगे पइयाँ लेके चला एके घाटे पहुँचावा
माई अस्ताचल के कईके धियान माँगि ला
छट्ठी मइया से मनचाहा वरदान माँगि ला.../

मम्मी अरघ चढ़ावा, सूरुज बाबा के मनावा
घरे आके सभे राती भर झूमा- नाचा -गावा
छट्ठी मईया के गावा गुणगान माँगि ला
छट्ठी मइया से मनचाहा वरदान माँगि ला.../

भोरे दियना जरावा, अउरी अरघ चढ़ावा
परसादी खाके चला सबके पारन करावा
माई करें घर भर के कल्यान माँगि ला
छट्ठी मइया से मनचाहा वरदान माँगि ला.../

माई बाड़ू तू दयालू, माई बाड़ू तू कृपालू
पीयूष मिश्रा बनिके आइल बाटें तोहर श्रद्धालू
प्रशान्त करा जनि मउका ज़ियान माँगि ला..

--डॉ. प्रशान्त मिश्रा "पीयूष" छठ पूजा भोजपुरी गीत

POONAM TIWARI

सात्विक भोजपुरी गीत #MorningGossip #Music

read more
loader
Home
Explore
Events
Notification
Profile