Find the Best चौथास्तंभ Shayari, Status, Quotes from top creators only on Nojoto App. Also find trending photos & videos about
शिवानन्द
आजकल के न्यूज़ मिडिया में का बा ******************** हो हल्ला, अऊरी मार पिटऊअल के भरमार बा। एक दुसरा के गारी देत,करत नफ़रत के व्यापार बा। आजकल के न्यूज़ मिडिया में का बा.... डिबेट करत नेता अऊरी एंकर भी जोर जोर से चिलात बा। लड़त बाजत देख लागअता, छोटकन लइकनो से बुरा हालात बा। आजकल के न्यूज़ मिडिया में का बा.... TRP के चक्कर धइले, आज सही समाचार के अभाव बा। चौथा पिलर डोलअता,अब गलत के बिकत बाजार बा। आजकल के न्यूज़ मिडिया में का बा.... असली मुद्दा भुल गईल,लागअता सामाचार भी बेरोजगार बा। चाटुकारिता की थाली लेले, ओके चाटत चाटत मिडिया बेहाल बा। आजकल के न्यूज़ मिडिया में का बा.... आपन असली रूप रंग भूल अब बन गईल रंगल सियार बा। पत्रकारिता मरअता, सब कहेला अब ता मिडिया बेकार बा। आजकल के न्यूज़ मिडिया में का बा.... ~~शिवानन्द #मिडिया #चौथास्तंभ #भोजपुरी #डिबेट #सहीग़लत #media #yqbaba #yqdidi
About Nojoto | Team Nojoto | Contact Us
Creator Monetization | Creator Academy | Get Famous & Awards | Leaderboard
Terms & Conditions | Privacy Policy | Purchase & Payment Policy Guidelines | DMCA Policy | Directory | Bug Bounty Program
© NJT Network Private Limited